Chhath Special Train: छठ पूजा पर घरे जाये वालन के रेलवे के तोहफा

छठ पूजा खातिर घोषित हो रहल विशेष ट्रेनन में यात्रियन के कंफर्म टिकट नइखे मिल रहलह।

New Update
 train

स्टाफ रिपोर्टर, एएनएम न्यूज़ : छठ पूजा खातिर घोषित हो रहल विशेष ट्रेनन में यात्रियन के कंफर्म टिकट नइखे मिल रहलह। एकरा के धेयान में रखत उत्तर रेलवे बिहार आ पूर्वी उत्तर प्रदेश के शहरन खातिर हरदिन त्योहार विशेष ट्रेनन के घोषणा कर रहल बा। एही कड़ी में छपरा बनारस आ पटना खातिर त्योहार विशेष चलावे के घोषणा कइल गइल बा।

छपरा-पुरानी दिल्ली विशेष ट्रेन (05315/05316)

छपरा से ई विशेष ट्रेन 14 नवंबर से एक दिसंबर तक हर  सुक के पूर्वाह्न 11:15 बजे चली। पुरानी दिल्ली से ई 15 नवंबर से दु दिसंबर तक दुपपहरिया दु बजे रवाना होई। 

बनारस-आनंद विहार टर्मिनल विशेष (05089/05090)

वातानुकूलित कोच वाली ई विशेष ट्रेन बनारस से 14 से 28 नवंबर तक प्रत्येक मंगर के रात नौ बजे रवाना होई। वापसी में आनंद विहार टर्मिनल से 15 से 29 नवंबर तक हर बुध के सांझ सवा छह बजे चली। 

पटना-आनंद विहार टर्मिनल सुपरफास्ट विशेष (02351/02352)

पटना से ई विशेष ट्रेन 21, 23, 25, 27, 29 नवंबर आ एक दिसंबर के सांझ चार बजे आ वापसी में आनंद विहार टर्मिनल से 22, 24 ,26, 28, 30 नवंबर आ दु दिसंबर के सबेरे आठ बजे चली।